साहित्य

माई के अँचरा

उदय किशोर साह

माई के दुधवा जैईसन कोई ना मिठाई बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के गोदिया जैईसन सुखवा ना पाईब जा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के ममता जैईसन कोई ना दवाई बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के बेलिया में प्यार के दुहाई बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के जैईसन जग में केहूँ नाही ताई बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के चरणियॉ में देवी देवता बैठाईल बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के आर्शिवचनियॉ में हिरवा जुड़ाईल बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के दिलवा में करूणा दिखाईल बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

माई के जैईसन जग में दुसरा ना आई बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

जैही घर में माई नाहीं भूतवा बास हो गईल बा
माई के अँचरा में दुनियॉ समाईल बा

जहवाँ में माई बाड़ी स्वर्ग जईसन दिखलाईल बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

दुधवा के कीमत जग में केहूँ देवे ना पाइल बा
माई के अँचरा में दुनियाँ समाईल बा

उदय किशोर साह
मो० पो० जयपुर जिला बाँका बिहार

100% LikesVS
0% Dislikes

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: Content is protected !!